अल्बर्टा | |||
---|---|---|---|
प्रांत (प्रोविंस) | |||
Mottoes: | |||
Coordinates: 54°59′30″N 114°22′36″W / 54.99167°N 114.37667°Wनिर्देशांक: 54°59′30″N 114°22′36″W / 54.99167°N 114.37667°W | |||
राजधानी | एडमोंटन | ||
सभसे बड़ शहर | कैलगरी | ||
Area | |||
• Total | 661,848 किमी2 (255,541 बर्ग मील) | ||
• Land | 640,081 किमी2 (247,137 बर्ग मील) | ||
• Water | 19,531 किमी2 (7,541 बर्ग मील) | ||
• Rank | 6th | ||
Population | |||
• Total | 4,262,635 | ||
• Rank | 4था | ||
Demonym | Albertan |
अल्बर्टा चाहे अलबर्टा (अंग्रेजी: Alberta) कनाडा देस के तेरह गो प्रांत आ राज्यक्षेत्र सभ में से एगो प्रांत हवे। ई पच्छिमी कनाडा के हिस्सा हवे आ तीन गो प्रेयरी प्रांत सभ में गिनल जाला। एकरा पच्छिम में ब्रिटिश कोलंबिया, उत्तर में नार्थवेस्ट टेरिटरी, पूरुब में सस्केचवान बाड़ें जबकि दक्खिन में ई अमेरिका के मोंटाना राज्य के साथे सीमा बनावे ला। ई कनाडा के दो गो अइसन प्रांत सभ में से एक हवे जे पूरा तरीका से जमीनी बाडर वाला हवें (दुसरका एकर पूरबी पड़ोसी सस्कैचवन हवे)। एह प्रांत के पूरबी हिस्सा ग्रेट प्लेन्स भूगोलीय क्षेत्र में आवे ला जबकि पच्छिमी हिस्सा रॉकी परबत सभ के सीमा वाला हवे। इहाँ के जलवायु मुख्य रूप से महादीपी जलवायु हवे हालाँकि, हवा के सूखापन के बदलाव के चलते मौसम में, खासतौर से तापमान में, तुरंत बदलाव होखे लें। एकरे पच्छिमी हिस्सा में मौसम में सीजनल बदलाव कुछ कम होखे लें, अक्सरहा बहे वाली चिनूक हवा के कारन।
अल्बर्टा कनाडा के 4था सभसे बड़ प्रांत हवे जेकर कुल रकबा 661,848 किमी2 (7.12407×1012 वर्ग फु), बाटे आ आबादी के मामिला में भी ई के 4,262,635आबादी केसाथे 4थे अस्थान पर बाटे। अल्बर्टा के राजधानी एडमोंटन हवे आ सभसे बड़ शहर कैलगरी हवे। ई दुनों शहर अल्बर्टा के सभसे बड़ सेंसस मेट्रो एरिया हवें आ दुनों के आबादी दस लाख से बेसी बाटे। अल्बर्टा के आधा से बेसी आबादी एडमोंटन भा कैलगरी में निवास करे ला। अंग्रेजी एहिजा के ऑफिशियल भाषा हवे।
तेल आ पेट्रोलियम गैस इंडस्ट्री एह प्रांत के पहिचान हवे। इहाँ के अर्थब्यवस्था हाइड्रोकार्बन, पेट्रोकेमिकल इंडस्ट्री के साथे-साथ पशुधन, खेती आ एकदम आधुनिक फ्रंटियर टेक्नालजी पर आधारित बाटे। कनाडा के कुल तेल आ प्राकृतिक गैस के लगभग 70 प्रतिशत हिस्सा एही प्रांत से उपराजल जाला। साल 2018 में अल्बर्टा के उत्पादन एह क्षेत्र में CDN$338.2 मिलियन रहल जे एह देस के कुल जीडीपी के 15.27 % रहल।
अल्बर्टा के एकरा प्राकृतिक सुंदरता खातिर भी जानल जाला, फॉसिल सभ के बहुलता आ कई गो नेचर रिजर्व (बायोस्फियर रिजर्व) सभ एहिजे बाड़ें। एह प्रांत में यूनेस्को द्वारा चिन्हित छ गो बिस्व धरोहर स्थल बाड़ें। इनहन के अलावा अउरियो कई गो नेशनल पार्क बहुत महत्व वाला बाड़ें।
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Alberta पर मौजूद बा। |
ई कनाडा-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |