कांग्लोमरेट कंपनी

कांग्लोमरेट एक किसिम के मल्टी-इंडस्ट्री कंपनी होला जेह में कई गो अलग-अलग आ आपस में अ-संबंधित बिजनेस एंटिटी सभ सामिल होलीं आ जे बिबिध इंडस्ट्री सभ में, एक ठो कार्पोरेट ग्रुप के अधीन, ऑपरेट करे लीं। कौनों कांग्लोमरेट में आमतौर प एक ठो मुख्य भा पैरेंट कंपनी होला जे कइयन ठे सब्सिडरी कंपनी सभ के कंट्रोल करे ला, ई सब्सिडरी कंपनी सभ कानूनी रूप से आजाद होखे लीं बाकी फाइनेंस खातिर आ स्ट्रेटेजिक रूप से पैरेंट कंपनी पर निर्भर होखे लीं। कांग्लोमरेट सभ बहुधा बड़हन आ मल्टीनेशनल कार्पोरेशन होखे लीं जे बैस्विक रूप से उपस्थिती दर्ज करावे लीं आ इनहन के प्रोडक्ट आ सर्विस सभ के काफी बिबिधता-भरल पोर्टफोलियो होला। कांग्लोमरेट सभ के अस्थापना विलय आ अधिग्राहं, स्पिन-ऑफ़, चाहे ज्वाइंट वेंचर से हो सके ला।

उदाहरण खातिर इंटरनेट के दुनिया में अल्फाबेट इंक. एगो कांग्लोमरेट हवे जे गूगल के पैरेंट कंपनी हवे। एही तरीका से फेसबुक, वाट्स एप, इंस्टाग्राम नियर कंपनी सभ मेटा प्लेटफार्म्स कांग्लोमरेट के सब्सिडरी कंपनी हईं स। टेंसेंट, वार्नर ब्रोस. डिस्कवरीकॉमकास्ट नियर कुछ प्रमुख कांग्लोमरेट मनोरंजन के दुनिया में बाड़ी स।