क्लियोपैट्रा (अंग्रेजी: Cleopatra VII Philopator, क्लियोपॅट्रा सेवेंथ फिलोपॅटॉर; यूनानी: Κλεοπάτρα Φιλοπάτωρ; 69 ईपू – 10 अगस्त30 ईपू) पुराना मिस्र के टॉलिमेइक राज के महारानी रहली आ एक राज के अंतिम शासक (फैरो) रहली।[नोट 1]
क्लियोपैट्रा के यादगार पुराना जमाना से ले के नया जमाना तक ले के कला सभ के क्षेत्र में जियतार रहल बाटे। रोमन काल के इतिहास-लेखन आ लैटिन कबितई में आमतौर प एह रानी के बारे में आलोचना से भरल नजरिया रहल जे बाद में जा के मध्यकाल आ पुनर्जागरण काल के साहित्य में ब्यापक रूप में पसर गइल। विजुअल कला सभ में, इनके कई किसिम के माध्यम से देखावल गइल जइसे की रोमन बस्ट सभ में; पेंटिंग सभ में; रतन, पाथर बर्तन ओगैरह प नक्काशी के रूप में; आ शीशा पर चित्रकारी के रूप में इनके बिबिध चित्र मिले लें। टालेमी के जमाना के सिक्का सभ पर आ उभारदार नक्काशी (रेलीफ़) में इनकरा के देखावल गइल बाते। पुरंर्जागारण (रिनांसा) आ बरूक कला के दौर में ई रानी कई बिधा सभ के मुख्य बिसय बनली जेह में ऑपेरा, थियेटर के ड्रामा, कबितई, चित्रकारी आ नक्काशी गिनावल जा सके ला। विक्टोरियन काल में ई मिस्र के चीजन खातिर पागलपन के हद तक लगाव के चलन, जेकरा इजिप्टोमैनिया कहल जाला, वाला समय में ई बहुत पापुलर रहली। नयको, मने की माडर्नो, जमाना में ई कई किसिम के कला सभ के क्षेत्र में, हालीवुड के फिलिम सभ में आ कामर्शियल ब्रांड सभ के आइकन नियर चीजन के रूप में पापुलर रहल बाड़ी।
क्लियोपैट्रा VII के जनम शुरूआती 69 ईसा पूर्व में टालेमी बंस के राजा टालेमी XII किहाँ भइल आ इनके महतारी के रहल ई ना मालुम बाटे, [note 1] साइद ई टालेमी XII के मेहरारू रानी क्लियोपैट्रा VI ट्राईफाऐना के बेटी रहली।[note 2]
ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |