गाजा पट्टी

गाजा पट्टी

قطاع غزة
गाजा पट्टी के झंडा
फ़िलिस्तीन के झंडा
गाजा पट्टी के लोकेशन
इस्टेटस
राजधानीगाजा शहर
31°30′53″N 34°27′15″E / 31.51472°N 34.45417°E / 31.51472; 34.45417
सभसे बड़ शहरगाजा शहर
ऑफिशियल भाषाअरबी
एथनिक ग्रुप
फ़िलिस्तीनी
धरम
रकबा
• कुल
365 किमी2 (141 वर्ग मील)
जनसंख्या
• 2022 अनुमान
2,375,259
• Density
6,507/किमी2 (16,853.1/वर्ग मील)
टाइम जोनफ़िलिस्तीनी समय (यूटीसी+2)
• गर्मीं में (डीएसटी)
पीएसटी (यूटीसी+3)
कालिंग कोड+970

गाजा पट्टी, (/ˈɡɑːzə/; अरबी: قِطَاعُ غَزَّةَ बिबिध उच्चारण: ग़ाज़ा, ग़ज़ा चाहे ग़ाज़्ज़ह्) या बस गाजा, भूमध्य सागर के पूरबी तीरे पर एगो सकेत जमीन बा जेकर सीमा पूरुब आ उत्तर में इसराइल आ दक्खिन-पच्छिम में मिस्र से सटल बा। 20 लाख के आबादी वाला, करीबन 365 वर्ग किलोमीटर पर गाजा, अगर एकरा के शीर्ष स्तर के राजनीतिक इकाई मानल जाय तब दुनिया के तीसरा सभसे घन आबादी वाला के रूप में गिनल जाला। ई दू गो फलस्तीनी इलाका सभ में से एक हवे, वेस्ट बैंक के साइड में। साल 2007 से एह इलाका पर राजनीतिक आ उग्रवादी इस्लामिक समूह हमास के शासन चल रहल बा आ ई एक तरह के नाकाबंदी में बा जेकरा चलते मानवाधिकार संगठन एकरा के "ओपेन एयर जेल" (खुल्ला आस्मान के तरे जेल) कहे लें।

गाजा पट्टी के ज्यादातर लोग रिफ्यूजी लोगन के वंशज हवे जे 1948 के अरब-इजरायल युद्ध के बाद इजराइल बनल इलाका से भाग गइल या निकाल दिहल गइल। गाजा के 8 गो रिफ्यूजी कैंप सभ में लगभग 6,00,000 गाजा लोग रहे ला। अधिकतर गाजा के लोग सुन्नी मुसलमान हवे, आ फिलिस्तीनी ईसाई लोग एहिजा अल्पसंख्यक बा। गाजा के सालाना जनसंख्या बढ़ती दर 2.91% (2014 अनुमान) बाटे, ई दुनिया के 13वाँ सभसे तेज दर बाटे आ अक्सर एकरा के भीड़भाड़ वाला कहल जाला। गाजा में पानी, बिजली आ दवाई के कमी बा। संयुक्त राष्ट्र के साथे-साथ कम से कम 19 गो मानवाधिकार संगठन इजरायल से गाजा पर आपन घेराबंदी हटावे के निहोरा कइले बाड़ें, जबकि यूएनसीटीएडी के एगो रिपोर्ट में कहल गइल बा, जवन संयुक्त राष्ट्र महासभा खातिर तइयार भइल आ 25 नवंबर 2020 के जारी भइल. कि गाजा के अर्थव्यवस्था पतन के कगार पर बा आ नाकाबंदी हटावल बहुते जरूरी बा।

हाल में, अक्टूबर 2023 में ई फिर से जुद्ध के मैदान बनल बाटे।

Bibliography

Books

  • Bregman, Ahron (2002). Israel's Wars: A History Since 1947 Archived 2 नवंबर 2022 at the Wayback Machine. London: Routledge. ISBN 978-0-415-28716-6.
  • Cobham, David P.; Kanafani, Noman (2004). The economics of Palestine: economic policy and institutional reform for a viable Palestinian state (Illustrated ed.). Routledge. ISBN 978-0-415-32761-9.
  • Filiu, Jean-Pierre (2014). Gaza: A History. Oxford University Press. ISBN 978-0-190-20191-3. Archived from the original on 28 February 2023. Retrieved 2 November 2020.
  • Seib, Philip (2012). Al Jazeera English: Global News in a Changing World. Palgrave Macmillan. ISBN 978-1137015747.

External links


संदर्भ

  1. "Mideast accord: the overview; Rabin and Arafat sign accord ending Israel's 27-year hold on Jericho and the Gaza Strip" Archived 9 दिसंबर 2020 at the Wayback Machine. Chris Hedges, New York Times, 5 May 1994.
  2. "مليونان و375 ألف نسمة عدد سكان قطاع غزة مع نهاية 2022". arabic.news.cn. Archived from the original on 5 January 2023. Retrieved 5 January 2023.
  3. The New Oxford Dictionary of English (1998) ISBN 0-19-861263-X – p.761 "Gaza Strip /'gɑːzə/ a strip of territory under the control of the Palestinian National Authority and Hamas, on the SE Mediterranean coast including the town of Gaza...".