जनसंख्या

1994 में दुनिया में मनुस्य जनसंख्या क बितरण
निशान

जनसंख्या जीव जंतु के कौनों भी प्रजाति के सगरी सदस्यन के गिनती के कहल जाला। आम बोलचाल की भाषा में एकर मतलब होला कवनों इलाका में निवास करे वाला सगरी मनुष्य।

जनसंख्या के गिनती कइले के जनगणना कहल जाला। अलग-अलग देस में ई अलग-अलग समय बिता के होला। भारत में ई हर दस साल पर होला, पाछिली बेर 2011 में जनगणना भइल रहे। एह समय भारत क कुल जनसंख्या 1,210,569,573 बाटे (2011 की जनगणना की हिसाब से)।

जनगणना

जनगणना मने होला कौनों भी क्षेत्र में एगो प्रजाति वाला सभ परानिन के गिनती कइल। आमतौर पर एकर उपयोग आदमिन की गिनती खातिर कइल जाला बाकी ई एगो ब्यापक शब्द बाटे आ अउरी दूसरी परानिन की गिनती खातिर भी इस्तेमाल होला।

इहो देखल जाय

संदर्भ

  1. "Population". Biology Online. Retrieved 17 जनवरी 2015.
  2. "Definition of population (biology)". Oxford Dictionaries. Oxford University Press. Archived from the original on 2016-03-04. Retrieved 17 जनवरी 2015. a community of animals, plants, or humans among whose members interbreeding occurs
  3. "India at Glance - Population Census 2011". Census Organization of India. 2011. Retrieved 17 जनवरी 2015.