जलवायु बदलाव पर यूनाइटेड नेशंस के फ्रेमवर्क कन्वेंशन (अंग्रेजी में:United Nations Framework Convention on Climate Change (UNFCC)) पर्यावरण संबंधी एक ठो अंतर्राष्ट्रीय संधि हवे। ई 9 मई 1992 के अंगीकार कइल गइल आ ब्राजील के रियो डी जेनरो शहर में 3 से 14 जून ले आयोजित धरती सम्मेलन में दसखत खातिर रखल गइल। एकरे बाद जब पर्याप्त सदस्य देस एह पर दस्खत क दिहलें, 21 मार्च 1994 से लागू हो गइल। यूएनएफसीसी के मकसद बाटे "वायुमंडल में ग्रीनहाउस गैस के मात्र के (बढ़त) स्थिर कइल जवना से मानव द्वारा जलवायु सिस्टम में कइल खतरनाक हलचल से बचाव हो सके"[nb 1] ग्रीन हाउस गैस के वायुमंडल में छोड़े से रोके खातिर एह फ्रेमवर्क के तहत कौनों भी सदस्य देस पर केवनो किसिम के बाध्य करे वाला सीमा नइखे निर्धारित कइल गइल। एह संधि के लागू करवावे के भी कौनों मशीनरी नइखे। एकरे जगह पर ई फ्रेमवर्क रूपरेखा बतावे ला कि कइसे अंतर्राष्ट्रीय लेवल पर संधि (जिनहन के "प्रोटोकॉल" या "एग्रीमेंट" कहल जाला) पर सहमती बनावल जा सके ला।
<ref>
tag; no text was provided for refs named unfcc
ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |