ट्रिपल एक्स: रिटर्न ऑफ जैन्डर केज | |
---|---|
डाइरेक्टर | डी. जे. क्रूसो |
प्रोड्यूसर |
|
लेखक | एफ स्कॉट फ्रेजियर |
आधार | चरित्र सभ by रिच विल्केस |
कलाकार |
|
संगीतकार | |
सिनेमैटोग्राफी | रसेल कारपेंटर |
संपादक |
|
प्रोडक्शन कंपनी |
|
डिस्ट्रीब्यूटर | पैरामाउंट पिक्चर्स |
रिलीज के तारीख |
|
लंबाई (समय) | 107 मिनट |
देस | अमेरिका |
भाषा | अंग्रेजी |
बजट | $85 मिलियन |
बॉक्स ऑफिस | $346.1 मिलियन |
ट्रिपल एक्स: रिटर्न ऑफ जैन्डर केज (अंग्रेजी: xXx: Return of Xander Cage) ट्रिपल एक्स सीरीज के तिसरही फिलिम हवे। एह सीरीज के बाकी फिलिम सभ नियर एहू में मुख्य भूमिका में विन डीजल बाने। ई फिलिम 20 जनवरी 2017 के अमेरिका में रिलीज भइल आ भारत में एकरा के 14 जनवरी 2017 के रिलीज कइल गइल रहल। फिलिम के डाइरेक्टर डी. जे. क्रूसो बाड़ें आ भारतीय लोग खाती खास बात कि एह फिलिम में दीपिका पादुकोणो रोल कइले बाड़ी। फिलिम के अन्य मुख्य कलाकार लोगन में डोनी येन, क्रिस वू, रूबी रोज, टोनी जा, नीना दोब्रेव, टोनी कोलेट, एरियाड्ना गुटीएरेज, हर्माइनी कोरफील्ड आ सैमुएल एल. जैक्शन लोग बाड़ें। ई फिलिम ट्रिपल एक्स (2002) आ ट्रिपल एक्स: स्टेट ऑफ दि यूनियन (2005), दुनों के सीक्वल के रूप में ट्रिपल एक्स फिलिम सिरीज के तिसरकी फिलिम हवे।
पैरामाउंट पिक्चर्स द्वारा ई फिलिम 20 जनवरी 2017 के 2डी, रियलआईडी 3डी आ आईमैक्स 3डी में रिलीज कइल गइल। फिलिम के आलोचक लोगन से मिलजुल रिव्यू मिलल आ फिलिम के प्रोडक्शन बजट $85 मिलियन के तुलना में एकर कुल बैस्विक कमाई $346 मिलियन से बेसी रहल जेकरा चलते ई एह फ्रेंचाइजी आ रिवोल्यूशन स्टूडियो के सभसे बेसी कमाई करे वाली फिलिम बन गइल।
एनएसए के एजेंट ऑगस्टस गिब्बंस कोसिस करे लें कि फुटबाल खेलाड़ी नेमार के ट्रिपल-एक्स (xXx) प्रोग्राम के हिस्सा बनावल जाय जब एगो सैटेलाईट के क्रैश हो जाला आ अइसन जाहिर होला कि एह दुनों लोगन के मउअत हो गइल बाटे। एकरा कुछे टाइम के बाद चार गो कुशल लोग जियांग के अगुआई में सीआईए के न्यूयॉर्क स्थित एगो अति-सुरक्षित ऑफिस में घुस के एगो उपकरण "पैंडोरा के बाकस" हासिल करे ला जे कौनहू सैटेलाइट के कंट्रोल का सके ला आ ओकरा के एगो घातक हथियार के रूप में क्रैश करा के कौनों मनचाहा जगह पर गिरा सकत बा।
सीआईए के एजेंट जेन मार्क पुरान ट्रिपल एक्स एजेंट जेंडर केज के खोज निकालत बाड़े जे अपना मर चुके के धोखा क के कहीं निवास क रहल बा। डोमिनिकन रिपब्लिक में खुद से घोषित निर्वासन में रह रहल जेंडर केज के मनावल जात बा की सर्विस में लवट आवें आ ओह उपकरण (डिवाइस) के हासिल करें।
लंदन में एगो पुराना दोस्त एन्सले के खोज करे के बाद जेंडर केज हमलावर लोगन के फिलिपींस में लोकेट क लेत बाड़ें। केज के मदद खातिर एगो इस्पेशल टास्क फ़ोर्स के गठित कइल जात बा बाक़ी ऊ एकरा के रिजेक्ट क देत बाड़ें। आपन खुद के टीम बनावत बाड़ें जेह में शार्पशूटर एडेले वूल्फ, डीजे हारवर्ड "निक्स" झोऊ, आ गेटवे ड्राइवर टेनिसन "द टॉर्च" बा लोग। ई टीम मिल के जियांग के लोकेट करत बा लोग जहाँ ई पता चलत बा कि उहो लोग ट्रिपल एक्स एजेंट बा लोग जिनहन लोगन के गिब्बंस द्वारा रिक्रूट कइल गइल बा। जियांग के टीम में सेरेना, टेलून आ हॉक लोग बा। जियांग बतावत बाड़ें की ऊ लोग डिवाइस हासिल क लिहले बाटे जवना से कि ओकर दुरुपयोग रोकल जा सके हालाँकि, सेरेना के बिचार बा कि दिवाइस के पूरा तरीका से नष्ट क दिहल जाव।
कुछे देर के बाद आइलैंड पर रशियन सैनिक सभ के हमला हो जात बाटे। ग्रुप मेंबर लोग लड़त बा आ रोके में सफल हो जात बा, जबकि जियांग पैन्डोरा के बक्सा के साथे भाग निकले में कमयाब हो जात बा। जेंडर ओकर पीछा करत बाड़े आ लगही के एगो बीच पर धरि लेत बाड़ें। सेरेना धोखा देत बिया आ बाक्स के नष्ट क देत बिया आ जेंडर केज के टीम में सामिल हो जात बा, जबकि जियांग बच के निकल जात बा टैलन आ हॉक के साथे मिल जात बा। एकरे बाद मास्को के ओलंपिक स्टेडियम में एगो सैटेलाइट के क्रैश होखत बा, मार्क ई निश्चित करत बाड़ें कि सेरेना जवना डिवाइस के बरबाद क दिहले रहल ऊ असली ना रहे बलुक एगो प्रोटोटाइप रहल। एकर मतलब की दुनों टीम आपन समय बर्बाद करत रह गइली। एही समय जेंडर केज के ई पता लागत बाटे कि सीआइए के डाइरेक्टर एंडर्सन एह सभ में खुदे सामिल बा आ ओही के लगे असली डिवाइस बाटे।
ई लेख एगो फिलिम के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |