बियॉन्से नोवेल्स | |
---|---|
सामान्य जानकारी | |
जनम नाँव | बियॉन्से गज़ेल नोवेल्स |
पुकार नाँव | साशा फ़िर्स |
जनम | सितंबर 4, 1981 |
मूल | होस्टन, टेक्सास, अमेरिका |
बिधा | आराइंडबी, पॉप, सोल, हिप हॉप |
पेशा सभ | गायिका, रेकॉर्ड निर्माता, अभिनेत्री, नर्तक, छायाकार, मॉडल, फ़ैशन डिज़ाइनर |
साज | आवाज़ |
सक्रियता | 1997–अबतक |
लेबल सभ | कोलंबिया |
संबंधित एक्ट | डेस्टिनिज़ चाइल्ड, जे-ज़ी, सोलांजे नॉलेस, कॉने वेस्ट, लेडी गागा |
वेबसाइट | www बियॉन्से के हस्ताक्षर |
बियॉन्से गज़ेल नोवेल्स कार्टर (जनम: 4 सितंबर 1981) एगो अमेरिकी गवईया, नर्तकी, अभिनेत्री बाड़ी। संगीत, नृत्य आ फैशन मे हिनकर परभवसाली जोगदान हिनकरा के एगो वैश्विक पहिचान दियवले बाटे। ह्यूस्टन मे जनमल आ पिसैल, बियोनसे लइकाइं मे बहुते गावे आ नाचे के प्रतिजोगिता मे भाग लिहले रही। 1990 के दसक के अंत मे ई परसिद्ध भइली।
डेस्टिनिज़ चाइल्ड के बाद बियोनसे आपन एकल एल्बम डेंजरस्ली इन लव 2003 मे अनली जेहमे "क्रेज़ी इन लव" आ "बेबी बॉय" गीत बिलबोर्ड हॉट 100 मे पहीलका स्थान प रहल। ई एल्बम बछर कर सभसे सफ़ल एल्बम रहल आ एकरा से हुनकरा पांच गो ग्रैमी पुरस्कार मिलल। 2005 मे डेस्टिनिज़ चाइल्ड के टुटला के बादि बियोनसे आपन दोसरका एकल एल्बम ब'डे 2006 मे रिलीज़ कइली जेमे हिट गीत "इर्रिप्लेसेबल" आ "ब्युटिफ़ुल लायर" रहे। हुनकर तिसरका एकल एल्बम आय एम... साशा फ़िर्स 2008 मे आइल जेकरा मे चार गो व्यापारिक तौर प सफ़ल गाना —"इफ़ आय वर अ बॉय", "सिंगल लेडिज़ (पुट अ रिंग ऑन इट)", "हेलो" आ "स्विट ड्रिम्स" रहे। इ एलबम हुनकरा छव गो ग्रैमी पुरस्कार दियवइलस आ एगो राति मे सभसे बेसी ग्रैमी पुरस्कार जिते वाला पहिलका मेहरारू बनि गइली। तिन बरस बादि बियोनसे आपन चउथा एकल एल्बम "4" (2011) रिलीज़ कइली जे हूनकरा बिलबोर्ड 200 के पहिलका पायदान प रहे आला लगातार चउथा अल्बम रहल। हेकरा से ऊ दोसरका मेहरारू कलाकार आ तिसरका कलाकार बनि गइली जेकर चार गो एल्बम चार्ट के पहिलका क्रमांक प रहल।
संगित काज के बादि बियोनसे अभिनय कला मे अइली। उ 2001 मे बनल संगितमय फिलिम कार्मेन: अ हिप हॉपेरा से पदार्पण कइली आ बादि मे ऑस्टिन पॉवर्स इन गोल्डमेम्बर (2002) आ ड्रिमगर्ल्स (2006) खानी बड फ़िल्मन मे काज कइली जेकरा ला हुनकरा के दुगो गोल्डन ग्लोब पुरस्कारों ला नामांकन मिलल। उ 2008 मे बनन कैडिलैक रेकॉर्ड्स मे अभिनय किया। 2004 मे बियोनसे आ हुनकर माई मिलके आपन पारिवारिक फ़ैशन शृंखला हाउस ऑफ़ डेरिऑन चालू कईल। 2010 मे उ लोग फ़ोर्ब्स के बिश्व कर 100 सभसे बेसी बरियार आ प्रभावपुर्ण गायकन के सूची पहिलका स्थान प आ होकर बिश्व कर 100 सभसे बेसी बरियार आ प्रभावपुर्ण सिलेब्रिटी के सूची मे दुसरका स्थान प रहली।
बियोनसे के काज हुनकरा कए गो पुरस्कार आ मान दियवले बा जेकरा मे 16 गो ग्रैमी पुरस्कार, 11 गो एमटीवी वीडियो म्युज़ीक पुरस्कार, एगो बिलबोर्ड मिलेनियम पुरस्कार आ हॉलिवुड वॉक ऑफ़ फ़ेम मे डेस्टिनिज़ चाइल्ड संघे एक सितारा बा। 2009 मे बिलबोर्ड हुनकरा 2000 के दशक कर उच्च रेडियो कलाकार का मन देलस। मई 2010 ले बियोनसे अमेरिका मे 1.2 करोड़ एल्बम की बेचले रही। जनवरी 2012 ले हुनकर 7.5 करोड रेकॉर्ड बिश्वभर मे बेचाइल रहे।
बियॉन्से गज़ेल नोवेल्स, के जनम 4 सितंबर 1981 के ह्यूस्टन, टेक्सास मे सेलेस्टिन "टीना" नोवेल्स (née Beyonce), जे हेयरड्रेसर आ सैलून के मालिक रही, आ मैथ्यू नोवेल्स, जे जेरोक्स के बिक्री प्रबंधक रहन, के घरे भइल; टीना लुइसियाना क्रियोल हई, आ मैथ्यू अफिरकी अमेरिकी हवन। बियॉन्से के छोट बहिन सोलेंज नोवेल्सो एगो गवइआ हई आ डेस्टिनीज चाइल्ड ला बैकअप डांसर रहल बाड़ी। सोलेंज आ बियॉन्से पहिली बहिन बाड़ी जिनहन के नंबर वन एल्बम रहल।
बियॉन्से के नाना-नानी, लुमास बियॉन्से आ एग्नेज डेरेओन (ओडिलिया ब्रौसार्ड आ यूजीन डिरूएन के बेटी) फ्रेंच भासी लुइसियाना क्रियोल रहल लोग, जिनहन के जड़ न्यू आइबेरिया मे रहल। बियॉन्से के क्रियोल मानल जाला, जवन की इनकर अजो-आजी लोग रहल। अपना महतारी के देने से, बियॉन्से फ्रांस के दक्खिन-पच्छिम के कय गो फ्रांसीसी कुलीन लोग के बंसज बाड़ी, जेकरा मे 9वीं सदी से ले के विस्कॉन्ट डी बेअर्न के परिवार आ विस्कॉन्ट डी बेलजुंस के परिवारो बा। ई जीन-विंसेंट डी अब्बाडी डी सेंट-कास्टिन के बनज हई, जे एगो फ्रांसीसी धनी बेकत आ सैन्य नेता रहन जे एकेडिया मे अंगरेज सभ के खिलाफ मूल निवासी अबेनाकी के संगे लड़ाई लड़ले रहन, आ एकेडियन नेता जोसेफ ब्रौसार्ड ओ के। इनकर चउथा परदादी मैरी-फ्रांसोइस त्राहन के जनम 1774 मे फ्रांस के बेले आइल पऽ बसल बैंगोर मे भइल। त्राहन एकेडियन लोग के बेटी रही जे ब्रिटिस देस निकाला के बाद बेले आइ के सरन लेले रहली। एस्टेट्स ऑफ ब्रिटनी बेले आइल के जमीन सभ 78 गो एकेडियन परिवार आ पहिले से बसल निवासी लोग के बीचे बखरा लगा दिहले रहे। त्राहन परिवार दस बरिस से ढेर समय ले बेले आइल पऽ रहल आ एकरे बाद ऊ लोग लुइसियाना मे आप्रवास कइल, जहाँ इनके बियाह एगो ब्रौसार्ड के वंशज से भइल। बियॉन्से उनके वंश पर शोध कइली आ पता चलल कि ऊ एगो गुलाम मालिक के वंशज हवे जे उनके गुलाम से बियाह कइले रहल। इनकर महतारीओ दूर के यहूदी, स्पेनिश, चीनी आ इंडोनेशियाई मूल के हई।
बियॉन्से के कैथोलिक रूप से पोसल गइल बा आ ह्यूस्टन के सेंट मैरी मोंटेसरी स्कूल से इनकर पढ़ाई भइल बा, जहाँ ऊ नाच के कक्षा मे नाम लिखववली। इनकर गवइ के खोज तब भइल जब नाच सिखावे वाली डार्लेट जॉनसन एगो गीत गावे लगली आ ऊ एकरा के खतम कइली, उहो ऊपर के सुर लगा के। सात साल के उमिर मे स्कूल टैलेंट शो जीतला के बादो बियॉन्से के संगीत आ परफार्मेंस मे रुचि जारी रहल, शो मे जॉन लेनन के "इमैजिन" गा के बियॉन्से 15/16 बरिस के लइकन के हरा दिहली। 1990 के दसक के अंत मे, बियॉन्से ह्यूस्टन के एगो संगीत स्कूल पार्कर एलिमेंटरी स्कूल मे नाम लिखववली जहाँ ऊ स्कूल के गवइअन संगे गावत रही। एकरे अलावा ऊ हाई स्कूल फॉर द परफॉर्मिंग एंड विजुअल आर्ट्स मे पढ़ाई कइली आ बाद मे एलिफ एल्सिक हाई स्कूलो मे पढ़ाई कइली। बियॉन्से सेंट जॉन यूनाइटेड मेथोडिस्ट चर्च मे दू साल ले एकलवादक के रूप मे गायन दल के सदस्यो रही।
जबे बियॉन्से आठ बरिस के रहली तबे उनकर भेंट लाटाविया रॉबर्सन से ऑल-गर्ल एंटरटेनमेंट ग्रुप के एगो ऑडिशन मे भइल। एह लोग के तीन गो अउरी लइकिन साथे गर्ल्स टाइम नाँव के एगो ग्रुप मे राखल गइल, आ ई लोग ह्यूस्टन के टैलेंट शो सर्किट पर रैप आ डांस कइलस। समूह के देखला के बाद आर एंड बी निर्माता अर्ने फ्रेगर ई लोग के अपना नॉर्दर्न कैलिफोर्निया स्टूडियो मे ले अइले आ स्टार सर्च मे रखलें जे ओह घड़ी के नेशनल टीवी पऽ सभसे बड़ टैलेंट शो रहे। गर्ल्स टाइम जिते ना पइलस आ बाद मे बियॉन्से कहली कि ऊ लोग जवन गीत पेस कइलस ऊ नीमन ना रहे 1995 मे बियॉन्से के बाबू एह समूह के प्रबंधन करे ला अपना नौकरी छोड़ि दिहलें। एकरा से बियॉन्से के परिवार के आमदनी आधा हो गइल अउरी उनकर माइ-बाबू के आपन घर अउरी गाड़ी बेच के अलग-अलग अपार्टमेंट मे रहे के पड़ल। मैथ्यू मूल लाइन-अप के चार कर दिहलें आ ई समूह अन्य स्थापित आर एंड बी गर्ल ग्रुप सभ खातिर एगो ओपनिंग एक्ट के रूप में परफार्म करत रहल। ई लइकियन के रिकार्ड लेबल सभ से पहिले ऑडिशन दिहल गइल आ अंत मे इलेक्ट्रा रिकार्ड्स मे साइन कइल गइल, कुछ समय खातिर अटलांटा रिकार्ड्स में आ गइलें आ अपना पहिली रिकार्डिंग पर काम कइलें, बाकी कंपनी द्वारा इनहन के काट दिहल गइल। एहसे परिवार पऽ अउरी तनाव पैदा हो गइल अउरी बियॉन्से के माइ-बाबू अलग हो गइल लोग। 5 अक्टूबर 1995 के ड्वेन विगिन्स के ग्रास रूट्स एंटरटेनमेंट एह समूह के साइन कइलस। 1996 मे ई लइकी लोग सोनी म्यूजिक संगे समझौता के तहत आपन पहिला एल्बम रिकार्ड कइल शुरू कइलस, नोल्स परिवार फेर से एक हो गइल, एह समूह के कोलंबिया रिकार्ड्स के साथ अनुबंध मिलल।
ई लेख केहू गायक या गायिका पर एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
{{cite news}}
: Check date values in: |date=
(help)
{{cite web}}
: Check date values in: |accessdate=
, |date=
, and |archive-date=
(help)
{{cite web}}
: Check date values in: |accessdate=
, |date=
, and |archive-date=
(help)
{{cite web}}
: Check date values in: |accessdate=
and |date=
(help)
{{cite web}}
: Check date values in: |accessdate=
(help)
{{cite web}}
: Check date values in: |accessdate=
(help)