लाहौर | |
---|---|
Nicknames: | |
Coordinates: 31°32′59″N 74°20′37″E / 31.54972°N 74.34361°Eनिर्देशांक: 31°32′59″N 74°20′37″E / 31.54972°N 74.34361°E | |
देस | पाकिस्तान |
प्रांत | पंजाब |
जिला | लाहौर |
मेट्रो शहर | 2013 |
Area | |
• Total | 550 किमी2 (210 बर्ग मील) |
Elevation | 217 m (712 ft) |
Population | |
• Total | 11,126,285 |
• Density | 202,048/किमी2 (523,300/बर्ग मील) |
Time zone | UTC+5 (पीकेटी) |
डाक कोड | 54000 |
फोन कोड | 042 |
लाहौर (पंजाबी: لہور; उर्दू: لاہور) पाकिस्तान के पंजाब प्रांत के राजधानी हवे। जनसंख्या के हिसाब से ई कराची के बाद पाकिस्तान के दुसरका सभसे बड़हन शहर हवे। पाकिस्तानी पंजाब के उत्तरी-पूरबी हिस्सा में, भारत देस के पंजाब प्रांत के सीमा के लगहीं ई शहर बसल बाटे। लाहौर के गिनती दुनिया के बीटा-सिटी सभ में होला, आ ई पाकिस्तान के सभसे धनी शहर सभ में आवे ला जहाँ के जीडीपी 2014 के अनुमान $58.14 बिलियन (PPP पर) रहल।
लाहौर के पंजाब क्षेत्र के सांकृतिक राजधानी के रूप में जानल जाला, आ दुनिया के सभसे बड़हन पंजाबी शहर हवे। शहर के लमहर इतिहास बा आ ई हिंदू शाही, गजनवी, गोरी आ दिल्ली सल्तनत के शासन में रहल बा। मुगल काल में ई अपना चरम पर चहुँपल आ कई बरिस ले राजधानी भी रहल। एकरे बाद एह पर नादिर शाह के कब्जा हो गइल। कई ताकतन के बीच में संघर्ष जारी रहल आ ई शहर सिख साम्राज्य के राजधानी भी बनल। अंग्रेजी राज में ई पंजाब प्रांत के राजधानी बनावल गइल। भारत आ पाकिस्तान के आजादी के लड़ाई में लाहौर शहर एगो प्रमुख केंद्र रहल आ पाकिस्तान के अलगा देस बनावे के प्रस्ताव लाहौरे में पास कइल गइल रहल। 1947 में पाकिस्तान बने के बाद लाहौर के पाकिस्तानी पंजाब के राजधानी बनावल गइल।
लाहौर | ||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||
---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|
Climate chart (explanation) | ||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||
|
लाहौर के भूगोलीय लोकेशन 31°15′—31°45′ N आ 74°01′—74°39′ E पर बा आ एकरे उत्तर आ पुरुब में शेखूपुरा जिला, पुरुब में वाघा आ दक्खिन में कसूर जिला बाटे। रावी नदी एह शहर के उत्तर से बहे ले। शहर के कुल एरिया 404 वर्ग किलोमीटर (4.348619808×109 वर्ग फु) बाटे।
लाहौर कुछ-सूखा जलवायु वाला इलाका (कोपेन के जलवायु बर्गीकरण में BSh) में पड़े ला। सभसे गरम महीना जून के होला जब औसत ऊपरी तापमान आराम से 40 °C (104.0 °F) के पार ले चहुँप जाला। मानसून के बरखा वाला सीजन जून के एकदम अंत में सुरू होखे ला आ सभसे नम महीना जुलाई के होला, भारी बरखा, झंझावात आ बादर फाटे नियर घटना एही महिन्ना में होखे लीं। सभसे ठंढा महिन्ना जनवरी के होला आ एह महीना में कोहरा भी पड़े ला।
शहर में अबतक के रिकार्ड हाई तापमान 48.3 °C (118.9 °F) बा जे 30 मई 1944 के दर्ज कइल गइल रहल। 48 °C (118 °F) तापमान 10 जून 2007 के दर्ज भइल रहल। चूँकि ई तापमान शेड में (छाहें) दर्ज कइल जाला, मौसम बिभाग के कहनाम रहल कि सीधे घाम में गर्मी के इंडेक्स 55 °C (131 °F) रहल होखी। सभसे कम रिकार्ड तापमान −1 °C (30 °F) 13 जनवरी 1967 के दर्ज कइल गइल। सभसे ढेर बरखा, 24-घंटा के दौरान, 221 मिलीमीटर (8.7 इंच) 13 अगस्त 2008 के दर्ज कइल गइल। एकरे अलावा 26 फरवरी 2011 के बरखा आ पाथर परे के घटना में 4.5 मिमी (0.015 फीट) जलपात भइल आ पहिली बेर हेतना पाथर दर्ज कइल गइल।
Lahore (1961–1990) खातिर जलवायु आँकड़ा | |||||||||||||
---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|
महीना | जन | फर | मार्च | अप्रै | मई | जून | जुला | अग | सित | अक्टू | नवं | दिस | सालभर |
रिकार्ड अधिकतम °C (°F) | 27.8 (82) |
33.3 (91.9) |
37.8 (100) |
46.1 (115) |
48.3 (118.9) |
47.2 (117) |
46.1 (115) |
42.8 (109) |
41.7 (107.1) |
40.6 (105.1) |
35.0 (95) |
30.0 (86) |
48.3 (118.9) |
औसत अधिकतम °C (°F) | 19.8 (67.6) |
22.0 (71.6) |
27.1 (80.8) |
33.9 (93) |
38.6 (101.5) |
40.4 (104.7) |
36.1 (97) |
35.0 (95) |
35.0 (95) |
32.9 (91.2) |
27.4 (81.3) |
21.6 (70.9) |
30.8 (87.4) |
डेली औसत °C (°F) | 12.8 (55) |
15.4 (59.7) |
20.5 (68.9) |
26.8 (80.2) |
31.2 (88.2) |
33.9 (93) |
31.5 (88.7) |
30.7 (87.3) |
29.7 (85.5) |
25.6 (78.1) |
19.5 (67.1) |
14.2 (57.6) |
24.32 (75.78) |
औसत कम °C (°F) | 5.9 (42.6) |
8.9 (48) |
14.0 (57.2) |
19.6 (67.3) |
23.7 (74.7) |
27.4 (81.3) |
26.9 (80.4) |
26.4 (79.5) |
24.4 (75.9) |
18.2 (64.8) |
11.6 (52.9) |
6.8 (44.2) |
17.8 (64) |
रिकार्ड सबसे कम °C (°F) | −2.2 (28) |
0.0 (32) |
2.8 (37) |
10.0 (50) |
14.0 (57.2) |
18.0 (64.4) |
20.0 (68) |
19.0 (66.2) |
16.7 (62.1) |
8.3 (46.9) |
1.7 (35.1) |
−1.1 (30) |
−2.2 (28) |
औसत बरखा मिमी (इंच) | 23.0 (0.906) |
28.6 (1.126) |
41.2 (1.622) |
19.7 (0.776) |
22.4 (0.882) |
36.3 (1.429) |
202.1 (7.957) |
163.9 (6.453) |
61.1 (2.406) |
12.4 (0.488) |
4.2 (0.165) |
13.9 (0.547) |
628.8 (24.757) |
औसत माहवार दिन लंबाई | 218.8 | 215.0 | 245.8 | 276.6 | 308.3 | 269.0 | 227.5 | 234.9 | 265.6 | 290.0 | 259.6 | 222.9 | 3,034 |
Source #1: NOAA (1961-1990) | |||||||||||||
Source #2: PMD |
Lahore is the historic center of the Punjab region of the northwestern portion of the Indian subcontinent
{{cite web}}
: Cite uses generic title (help)