विकिपीडिया के मूलभूत सिद्धांत सभ के पंचशील में समाहित कइल गइल बाटे। ई पंचशील अइसन पाँच गो खंभा नियर बाड़ें जिनहन पर विकिपीडिया आधारित बा।
विकिपीडिया के सामग्री मुक्त बाटे आ केहू भी एकर इस्तेमाल कर सकत बा, एहमें संपादन कर सकत बा, या बाँट सकत बाटे: सगरी संपादक लोग आपन लिखल चीज के मुक्त लाइसेंस की तहत पब्लिक करे ला, केहू संपादक अपने बनावल लेख के मालिक नइखे आ केहू के भी लिखल चीज के दूसर केहू निर्ममता से बदल सकत बा आ ऊ सामग्री के पुनर्वितरण हो सकत बाटे। हमेशा कॉपीराइट नियम के सम्मान करीं, आ कबो भी कौनों स्रोत से चोरी मत करीं। कुछ खास दसा में गैर-मुक्त मीडिया के उचित उपयोग के अनुमति जरूर दिहल जाला, बाकी कोसिस हमेशा करीं की फ्री स्रोत से सामग्री मिल जाय त उहे इस्तेमाल कइल जाय।
संपादक लोग आपस में सम्मान आ सभ्यता से बेहवार करे: अपनी साथी विकिपीडियन लोग के आदर करीं, भले असहमत होखीं। विकिपीडिया के शिष्टाचार कबो मत भुलाईं, आ कभी केहू पर व्यक्तिगत हमला मत करीं। हमेशा आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, संपादन लड़ाई से बचीं, आ आपन बात रखे खातिर विकिकार्य बाधित मत करीं। अच्छा नीयत से काम करीं आ दुसरा के काम में भी अच्छा नीयत के पहिचानीं। हमेशा खुल के नया सदस्यन के स्वागत करीं। कौनों किसिम के बिबाद होखले पर शांती से बातचीत पन्ना पर आपन बात आ तर्क रखीं, झगड़ा दूर करे वाला तरीका के पालन करीं, आ हमेशा ई धियान राखीं की भोजपुरी विकिपीडिया पर 8,673 पन्ना बाटें जिनहन के सुधार आ संपादन के जरूरत बा, कौनों एकही पन्ना पर अटकले के जरूरत नइखे।
विकिपीडिया पर कौनों कठोर नियम नइखे: विकिपीडिया पर नियम नइखे बलुक कुछ नीति (पॉलिसी) आ दिसानिर्देस (गाइडलाइन) बाटे, उहो कौनो पाथर के लकीर।नइखे की बदलाव न होखे; इनहन के ब्याख्या समय के साथ बदलाव ले सकत बाटे। नीति आ निर्देश में लिखल बात के मूल में सिद्धांत आ मूलभावना ढेर महत्व के चीज बा न की ओह सभ के शब्द आ शाब्दिक अरथ; आ कब्बो-कबो विकिपीडिया के बेहतर बनावे खातिर अपवाद नियर काम भी करे के पड़े ला। लेख के अपडेट करे में निर्भीक बनीं बाकी अराजक आ उत्पाती होखे से बचीं। बिना एह बात से डेरइले की कहीं रउआँ से कुछ गलत न हो जाय आराम से संपादन करि के सीखीं: पन्ना के सगरी पुरान वर्शन हमेशा सुरक्षित रखल जाला, कौनो गलती होखी तब एकरा के आसानी से सुधारल जा सके ला।