विलियम शेक्सपियर | |
---|---|
मूलभाषा में नाँव | William Shakespeare |
जनम | स्ट्रेटफोर्ड-अपॉन-एवन, वार्विकशायर, इंग्लैंड |
बपतिस्मा | 26 अप्रैल 1564 |
निधन | 23 अप्रैल 1616 (उमिर 52) स्ट्रेटफोर्ड-अपॉन-एवन, वार्विकशायर, इंग्लैंड |
समाधि | चर्च ऑफ दि होली ट्रिनिटी, स्ट्रेटफोर्ड-अपॉन-एवन |
पेशा | |
युग | |
आंदोलन | अंग्रेजी पुनर्जागरण |
जीवनसाथी | एन हाथवे (बि. 1582) |
संतान |
|
माईबाप |
|
दसखत | |
विलियम शेक्सपियर (26 अप्रैल 1564 (बपतिस्मा) – 23 अप्रैल 1616)[नोट 1] अंगरेज कबी, नाटककार, आ एक्टर रहलें। शेक्सपियर के अंग्रेजी भाषा के सभसे महान लेखक मानल जाला आ इनके गिनती पूरा दुनिया के महान नाटककार लोग में होले। इनका के इंग्लैंड के राष्ट्रीय कवि अउरी बर्ड ऑफ एवन के रूप में भी जानल जाला।[नोट 2] इनके साहित्यिक रचना सभ में, बिबिध छिटपुट रचना सभ के अलावा, 39 गो नाटक आ 154 गो सॉनेट, दू गो लमहर कबिता आ अउरी कई किसिम के रचना गिनावल जालीं।[नोट 3] इनके नाटक सभ के अनुबाद दुनिया के लगभग हर प्रमुख भाषा में भइल बा आ इनके नाटक सभ के अउरी नाटककार लोग के नाटकन के तुलना में बहुत ढेर बेर मंच प खेलल जा चुकल बा।
ई लेख केहू कबी की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |