सेडीमेंटरी चट्टान (अंग्रेजी: sedimentary rocks) चाहे तलछटी चट्टान (हिंदी: अवसादी चट्टान), चट्टान सभ के तीन गो प्रमुख प्रकार में से एगो प्रकार हवे। चट्टान के चूरा चाहे जीवीय पदार्थ सभ कौनों समुंद्र चाहे जलभंडार के तली में जमा होखें आ उनहन के बीच में लंबा समय के दौरान सिमेंटेशन (अउरी महीन पदार्थ आ के जोड़ दें) हो जाय तब जेवन चट्टान बने लीं उहे सेडीमेंटरी चट्टान होलीं। ई चट्टान परतदार भी हो सके लीं आ बिना परत के भी। चट्टानी चूरा आ जीवी पदार्थ सभ के सेडीमेंट कहल जाला आ ओकरे तली में जमाव होखे के प्रक्रिया के सेडीमेंटेशन कहल जाला। एह तलछटी पदार्थ के दब के (कण सभ के पासपास आ जाए) चट्टान के रूप लेवे के प्रक्रिया के लिथिफिकेशन (चट्टानीकरण) कहल जाला।
आम सेडीमेंटरी चट्टान सभ में बलुआ पाथर, चूना पाथर, शेल, मड रॉक वगैरह आवे लीं। झील के तली में जमाव से बने वाली चट्टान सभ के लैकस्ट्राइन चट्टान कहल जाला।
पृथ्वी के क्रस्ट के महादीप हिस्सा सभ पर सेडीमेंटरी चट्टान सभ के आवरण मजिगर बिस्तार वाला बाटे (पृथ्वी के वर्तमान जमीनी सतह के 73% पर), बाकी सेडीमेंटरी चट्टान सभ के बारे में ई अनुमान लगावल गइल बा कि ई पपड़ी के कुल आयतन के मात्र 8% बाड़ीं। सेडीमेंटरी चट्टान सभ क्रस्ट के ऊपर खाली एगो पातर लिबास होलीं जबकि क्रस्ट में मुख्य रूप से आग्नेय आ रूपांतरित चट्टान सभ होलीं। तलछटी चट्टान परत के रूप में जमा हो जालीं, एह से एगो संरचना बने ले जेकरा के बेडिंग कहल जाला। सेडीमेंटरी चट्टान सभ अक्सर बड़हन संरचना सभ में जमा होलीं जिनहन के तलछटी बेसिन कहल जाला। मंगल ग्रह पर भी सेडीमेंटरी चट्टान मिलल बा।
ई भूबिज्ञान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई भूआकृति बिज्ञान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |