किसमिस

अंगूर सुखावे से ओकरे अंदर मौजूद चीनी रवा (क्रिस्टल) बना लेले
अलग-अलग जाति के अंगूरन से बनल किशमिश

किसमिस चाहे किशमिश सूखल अंगूर होला। पारम्परिक रूप से बड़ अकार के अंगूरन से बनल किशमिश के मुनक्का कहल जाला।

पुष्टई

किसमिस के वजन के 67% से 72% सुगर होला, जे अधिकतर ग्लूकोस आ फ़्रूक्टोस के रूप में होला। एकर 3% भाग प्रोटीन आ 3.5% भाग पाचन में मददगार फ़ाइबर (रेशा) होला। खूबानीआलू बोखारा के नियन इनहना में भी ऐंटी- ऑक्सिडॅन्ट​ के बहुत मात्र होखे ले बाकिर ताजा अंगूर के तुलना में एह में बिटामिन सी कम होला। एह में सोडियम कम होला आ कोलेस्टेरॉल बिलकुल ना होला।

कुक्कुर खातिर जहरीला

अंगूर आ किशमिश कुक्कुरन के गुर्दा खातिर नोकसानदेह होलें। एकर सही कारन अभिन ले मालुम नइखे बाकी ई चीज कुकुर के खाए के ना देवे के चाहीं।

इहो देखल जाय

संदर्भ

  1. Punjabi Cook Book, Neera Verma, pp. 111, Diamond Pocket Books Pvt. Ltd., ISBN 978-81-7182-553-0, ... Kishmish Raisin ... Munakka Big raisin ...
  2. Albert Julius Winkler. General viticulture, University of California Press, 1962, p. 645. ISBN 978-0-520-02591-2
  3. http://nutritiondata.self.com/facts/fruits-and-fruit-juices/2050/2
  4. http://www.calraisins.org/professionals/healthy-benefits-of-raisins/
  5. Raisins and grapes can be harmful to dogs, snopes.com, Accessed on 21 जनवरी 2011